बेरोजगारी भत्ता पावे के उमिर घटावल जाई

सरकार पहिले तय कइले रहुवे कि तीस से चालीस साल उमिर के बेरोजगारने के बेरोजगारी भत्ता दिहल जाई. बाकिर एह नियम में फेर बदल करत उमिर घटा के अब पचीस साल कर दिहल गइल बा. साथही निबंधन के तारीखो बदल दिहल गइल बा. अब ३१ अगस्त ले आपन पंजीकरण करवा लेबे वाला बेरोजगारन के भत्ता दिहल जाई. एह भत्ता के पावे खातिर पहिले आपन संपति बतावल जरूरी बनावल रहे जवन अब जरूरी ना होखी. आमदनी खातिर तहसील से मिलल आय प्रमाण पत्र का आधार पर बेरोजगारी भत्ता बाँटल जाई. भत्ता पावे वालन के पारिवारिक आमदनी सालाना छत्तीस हजार रुपिया से कम होखे के चाहीं.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..