महुआ चैनल पर प्रसारित लोकप्रिय शो भौजी न॰ १ से लोग का दिल में आपन घर बना चुकल शो के होस्टप्रियेश सिन्हा एक बेर फेर से भउजियन के अपना खास अन्दाज में झुमावे खातिर तइयार बाड़े. भौजी न॰ १ सीजन टू के शुरुआत हो चुकल बा आ दर्शक एकरो के बहुते पसन्द कर रहल बाड़े. प्रियेश से मुलाकात में भइल बातचीत के कुछ अंश एहिजा दे रहल बानी.
भौजी न॰ १ का सफलता का बाद एकर दूसरका दौर ले आवत कइसन लागऽता?
जबरदस्त टर्निंग प्वायंट. हम जम के मेहनत कइनी आ कामयाबी हाथे लागल त बेहद खूश बानी. आजु सब लोग हमरा से सम्मान से मिलेला, साथे काम करे के इच्छुक बा. देख के मजा आ रहल बा. सीजन टू के आडिशन में जहँवे गइनी भउजाई सब मिले खातिर टूट पड़ली. एह सफलता से अउरी बढ़िया काम करे के प्रेरणा मिलल बा.
इंजीनियर बनला से पहिले कबो सोचले रहनी कि ग्लैमर का दुनिया में आयब?
एक्टिंग, राइटिंग त बचपने से करत आइल बानी. खुश किस्मती बा कि हमरा ढेर संघर्ष करे के ना पड़ल. इंजीनियरिंग करते लाफ्टर चैलेंज का आडिशन में पास हो गइनी. स्टार वन पर शो करके अइला का बादपढ़ाई पूरा कइलहीं रहीं कि महुआ टीवी के शो हँसी के अखाड़ा जीत गइनी. फेर काम करत भौजी न॰ १ के होस्टो करे के मौका मिल गइल.
भउजियन के अतना दुलरआ होखे के राज का बा?
हाऽ हाऽ हाऽ. ई त भउजाइये लोग बता सकेला. हम सेट पर एंकरिंग कइला का साथ साथ डाँस, कामेडी, हँसी मजाक सब कुछ करीले जवन एगो देवर के करे के चाहीं. शायद एही चलते हम भउजाइयन के दुलरुआ हो गइनी.
एंकरिंग खाततिर कवनो खास ट्रेनिंग?
ना. एकदमे ना. कतना सारा स्टेज परफारमेंस दिहले बानी, फिल्म देखले बानी, शो देखले बानी जवना से फायदा मिलल बा.
भौजी न॰ १ खातिर शत्रुघ्न सिन्हा आ अरिंदम चौधरी से विशेष एंकर अवार्ड मिलल, कइसन लागल?
बेहद खुशनुमा. जब रउरा काम के तारीफ मिलेला, सम्मान मिलेला त अउरी बेहतर काम करे के जज्बो आवेला.
शो के पार्टीसिपेंट प्रोफेसनल कलाकार ना रहेले, एह चलते कवनो दिक्कतो होला का?
ना. अइसन त कबो ना भइल. एक्शन सुनते कैमरा का सोझा ओतने आत्मविश्वास आ खूबसुरती से गेम खेलत रही लोग कि ओह लोग के उमंग देख कके हमहू दंग रह जात रहीं.
भौजी न॰१ के सीजन टू में नया का बा?
अबकी का शो में कुछ अलगे आ अनूठा अंदाज के राउण्ड जोड़ल जा रहल बा जवना से दर्शकन के बेसी मनोरंजन होखी. फार्मेट उहे बा बाकिर शो पहिले से दिलचस्प रही.
अपना फिल्मो का बारे में कुछ बताईं?
अवध जी के माँ शक्ति फिल्म प्रोडक्शन का बैनर में पिरितिया परान बन गइल के नायक बानी. अक्षय सिन्हा जी के रणभूमि कर रहल बानी. उम्मेद त इहे बा कि हमरा शो का तरह हमरा फिल्मो के दर्शकन के वइसने प्यार मिली.
रउरा जीवन के लक्ष्य?
जहाँ रही, जवन करीं, लोग के खूश राखीं. काहे कि ओह लोग का खूशिये में हमरो खुशी बा.
दर्शकन से कुछ कहल चाहब?
खुशी ढूंढ़ऽ आ मस्त रहऽ. खुश रहल आप सभे के जन्मसिद्ध अधिकार हऽ.
(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )
wow…priyeshji raur enterveiw padh k maja aa gayeel…ham khub chav se raur program dekheni…bahut badhiya kam ba raur…ab besabri se raur film k intzar ba…hardik shubkamna ba..
raur fan
arvind kumar
it’s great man…keep it up…we all lov u