भाजपा पडोसी देशन से बढ़िया संबंध राखे के हिमायती, कहलन डा॰ जोशी
-

भाजपा के पुरनिया नेता आ संसद के लोक लेखा समिति के अध्यक्ष डा. मुरली मनोहर जोशी काल्हु यूनीवार्ता से वाराणसी में बतियावत कहलन कि उनकर पार्टी पडोसी देशन संगे बढ़िया सम्बंध राखे के हिमायती ह बाकिर देश हित का कीमत पर ना. कहलन कि जम्मू काश्मीर मे नियंत्रण रेखा पर जवन घटना भइल बाड़ी स ऊ भारत सरकार के बहुते कमजोर आ लचर नीति के दुष्परिणाम ह. कहलन कि भारत सरकार इतिहास से सबक नइखे लेत.
भाजपा नेता के कहना रहे कि पाकिस्तान हमेशा बात समझौता के करेला बाकिर घात लगाके आतंकवादियन के भारत मे घुसावत रहेला. अइसन में कवनो जरूरत ना रहे कि प्रधानमंत्री डा. मनमोहन सिंह अमेरिका मे नवाज शरीफ से बतियवतन. उनका त नवजा शरीफ के कटघरा मे खडा करे चाहत रहे.
डा॰ जोशी के कहना रहे कि भारत के अमेरिकी राष्ट्रपति वराक ओबामा के साफ बता दीहल चाहत रहे कि अगर ऊ भारत के आपन बहुमूल्य दोस्त देश मानत बाड़े त भारत मे आतंक फइलावे के दोषी पाकिस्तान का खिलाफ सख्त कदम उठावसु.
डा॰ जोशी इहो कहलन कि केन्द्र सरकार के दब्बू नीतिए का चलते चीनो के हौसला बढत जात बा आ चीन हमनी के देश के हजारो वर्ग किलामीटर जमीन पर कब्जा कर रखले बा.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts