भारतीय सिनेमा के 100 साल से बीस गो फिलिम चुनली दीपा मेहता
-

अडतीसवां टोरंटो अंतर्राष्ट्रीय फिल्म समारोह मे काल्हु भारतीय सिनेमा के 100 साल पूरा होखला के खास आयोजन निर्देशिका दीपा मेहता के देखरेख मे भइल जवना में साल 19।3 से 2013 का बीच के 20 गो फिलिमन के चुनल गइल.

एह मौका पर स्लमडाग मिलियनेयर. मे काम कर चुकल अभिनेत्री फ्रीडा पिंटो आ टिस्का चोपडो समारोह मे मौजूद रहली.

दीपा मेहता कहली कि रउरा भारत से भारतीय के अलगा कर सकीलें बाकिर भारतीयन का हृदया से भारत के कबो अलग ना कर सकीं. दीपा उमेद जतवली कि एह समारोह से भारत आ कनाडा का लोग का बीच नेह आ आपसी सद्भाव बढ़ी.

बीस गो फिलिमन में साल 1913 मे बनल दादा साहब फाल्के के फिलिम राजा हरिश्चंद्र, गरम हवा, देवदास, मुगल.ए आजम, मिस लवली, अर्देशिर ईरानी के .आलम आरा. महबूब खान के अंदाज, मणि रत्नम के बांबे आ नायकन, निर्देशक अडूर गोपालकृष्णन आ रित्वक घटक के .अजातांत्रिक, सत्यजित राय के अपूर संसार, मृणाल सेन के.भुवन शोम आ स्वयंवरम, भंसाली के देवदास, अनुराग कश्यप के देव डी अउर असीम अहलूवालिया के मिस लवली के शामिल कइल गइल बा. (वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts