भोजपुरी के पांच गो सुपर स्टार पहिला बेर एक साथ

ई पहिला मौका रहल जब सिनेमा भोजपुरी के पाँच गो सुपरस्टार एक साथे नजर अइलें. मौका रहल मनोज तिवारी के सुंदरवन वाला अपार्टमेंट के घरभोज के. एह मौका के गवाह बनली भोजपुरी सिनेमा के दू गो बेहतरीन अभिनेत्री आ नंबन वन खलनायक संजय पांडे.

घरभोज में चहुँपल लोग एह पाँचो स्टार के एक संगे देख के कहल कि सिनेमा भोजपुरी के ई गो यादगार पल बा. मनोज तिवारी के बधाई देबे सबले पहिले चहुँपल रहलें विनय आनंद, ओकरा बाद अइलें दिनेशलाल यादव ’निरहुआ’, फेरू पवन सिंह आ तब पहुँचले रवि किशन. एह सितारन के केमरा में कैद करे खातिर होड़ लागल रहे कैमरामैनन में. बद में सभे एक साथे बइठ के खाना खाइल आ तब चारो सुपरस्टार अपना अपना घरे गइलन.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।