भोजपुरी परदा पर इतिहास रचावे के तइयार ‘गंगा जमुना सरस्वती’
-

सिनेमा भोजपुरी के अबले के सबले बड़हन फिलिम ‘गंगा जमुना सरस्वती’ भोजपुरी परदा पर इतिहास रचे के तइयारी ने बा. मशहूर निर्माता आलोक कुमार के एह फिल्म में भोजपुरी के तीनों बड़का सुपरस्टार मनोज तिवारी ‘मृदुल’, रवि किशन आ दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ पहिला बेर कवनो फिलिम में एकसाथे नजर अइहें.

मनोज तिवारी पुलिस ऑफिसर गंगा प्रसाद के भूमिका में, रवि किशन गाँव के नवयुवक जमुना प्रसाद का रोल में आ निरहुआ साजिश के शिकार भइल नवही सरस्वती प्रसाद का किरदार में बाड़ें. फिलिम के फर्स्ट लुक पिछला दिने जारी भइल इ पहिला प्रोमो यूटूब आ यूएफओ पर देखावल गइल जहाँ दर्शकन के शानदार रिस्पांस मिलत बा. एह फिलिम के ऐतिहासिक सफलता ला सगरी फिल्मोद्योग निश्चिंत बा. तीनों सितारन के टक्कर आ जुगलबंदी देखे ला दर्शक बहुते बेचैन बाड़ें. योजना बा कि एह फिलिम के देश के डेढ़ सौ सिनेमाघरन में एक साथ रिलीज कइल जाव.

संयोगिता फिल्म्स प्रस्तुत एह फिल्म के निर्देशक हैरी फर्नांडिस हउवें आ तीनों सुपरस्टार्स संगे रानी चटर्जी, रिंकू घोष, पाखी हेगड़े, अवधेश मिश्रा, अनुप अरोड़ा, विजयकृष्ण चतुर्वेदी, माया यादव आ टीनू वर्मा के खासमखास किरदार बा. ऑडिओ टी-सीरीज पर जारी भइल आ ओकरो सुनेवालन के बढ़िया रिस्पांस मिलत बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts