भोजपुरी फिलिम ननद के ट्रेलर रिलीज हो गइल

screengrab from the trailer of the film Nanad.

वर्ल्डवाइड सिने फिल्म्स प्रोडक्शन का बैनर तरे निर्माता प्रदीप सिंह अउर प्रतीक सिंह के भोजपुरी फिलिम ननद के ट्रेलर यूट्यूब पर रिलीज हो गइल बा.

एस के चौहान के लिखल पटकथा पर बनल भोजपुरी फिलिम ननद के निर्देशन अजय कुमार झा कइले बाड़न. संगीत ओम झा के, छायांकन मनोज कुमार सिंह द्वारा, नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी आ फाइट मास्टर बाड़न अशोक यादव. कला निर्देशन रणधीर दास के आ परिधान नियंत्रण विद्या विशुन के हवे. निर्माण प्रबंधक हउवें राजू रेड्डी आ कार्यकारी निर्माता कमल यादव. संपादन कइले बाड़न गुरजंट सिंह आ गीतकार हउवें प्यारे लाल यादव, राकेश निराला, अउर शानदार जी.

ट्रेलर देख के अंदाज लागत बा कि अभिनेत्री रिंकू घोष आ काजल राघवानी के जलवा देखे के मिली. अभिनेता गौरव झा, देव सिंह, अउर संजय सिंह के भूमिका काबिले तारीफ रहे वाला बा. इहो लागत बा कि एह फिलिम के भोजपुरी प्रेमी अपना सगरी परिवार का साथे देख सकीहें आ सिनेमाघरन में पूरा परिवारन के भीड़ जुटी.

भोजपुरी फिलिम ननद के खास कलाकारन में गौरव झा, काजल राघवानी, रिंकू घोष, देव सिंह, संजय पांडे, प्रेम दुबे, मनोज टाइगर, रितु पांडे, अउर रिंकू भारती के नाम रेघरियावे जोग बा.

रउरो देखीं अब ट्रेलर आ बतावल मत भुलाईं कि रउरा का लागत बा. आखिर हर पोस्ट का नीचे कमेंट बॉक्स दिहले काहे जाला ! रउरा आपन नाम, ईमेल बतावल जरूरी नइखे बाकिर अगर आपन नाम आ पता दे देब त रउरा परिचितन के खुशी मिली.

0 Comments