भोजपुरी भाषा के संवैधानिक मान्यता ला दिल्ली का जंतर मंतर पर धरना


बोले वालन के जनसंख्या का आधार पर दुनिया के एगो बड़हन भाषा भोजपुरी के भारत में संवैधानिक मान्यता दिआवे के मांग लेके आजु 6 अगस्त 2023 का दिने भोजपुरी जन जागरण अभियान संगठन के अध्यक्ष डॉ संतोष पटेल का अगुआई में दिल्ली के जंतर मंतर पर एक दिन के धरना प्रदर्शन के आयोजन कइल गइल.

संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे के मांग वाला एह धरना के अध्यक्षता कइलन छपरा से आइल प्रो० पी राज सिंह आ संचालन कइलन राणा अवधूत.

एह बाति के जानकारी देत डॉ संतोष पटेल बतवलन कि भोजपुरी भाषा मान्यता खातिर आंदोलन करत भोजपुरी जन जागरण अभियान देश भर मे लगातार संघर्षरत बा आ साहित्य अउऱ संस्कृति सहेजे का कामो में लागत बावे.

अध्यक्षीय संबोधन में प्रो० पी राज सिंज कहलन कि भोजपुरी जन जागरण अभियान हर संसदीय सत्र का दौरान दिलली में धरना प्रदर्शन करत आइल बा आ अबकी के धरना 19 वाँ धरना हवे.

धरना का बाद प्रधानमंत्री अउर गृहमंत्री के संबोधित मांग पत्र उनुका प्रतिनिधि के सँउपल गइल. जाने जोग बा कि भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दिआवे के समर्थन करत कुछ सांसद अउर मंत्रियो आगे आइल रहलन. बाकिर सरकार आजु ले आपन मनसा साफ नइखे बतावत. बार बार अलग अलग संसदीय सत्रन में भरोसा दीहल गइल बा कि भोजपुरी के आठवीं अनुसूची में शामिल करा दीहल जाई बाकिर तारीख पर तारीख दिआत रहत बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।