भोजपुरी के जानल मानल लोक गायिका सीमा तिवारी के भारतीय सांस्कृतिक सम्बन्ध परिषद् का ओर से विदेश का धरती पर एक बेर फेरु भोजपुरी संस्कृति के खुशबू बिखेरे के नेवता मिलल बा. एही सिलसिला में सीमा तिवारी से भइल बातचीत के कुछ खास हिस्सा :
* सीमा जी रउरा यूरोप जा रहल बानी. बता सकीले कि कहाँ कहाँ जाये के प्रोग्राम बा ?
हमनी के कार्यक्रम जर्मनी, पोलैंड, स्पेन, आ मास्को में होखे वाला बा.
* अबकी का विदेश यात्रा खातिर का कवनो खास तइयारी बा ?
हम हर कार्यक्रम खातिर खासे तइयारी करीले, चाहे ऊ कार्यक्रम देश में होखेवाला हो भा विदेश में. अपना भारतीय आ भोजपुरी संस्कृति के ख्याल राखत अबकी फगुआ, बिदेसिया, अउर झिंझिया गीतन पर बेसी फोकस रही. एगो खास गीत “काहें हो गइलऽ बिदेशी ऐ भारत के भईया” एन. आर. आई. लोग खातिर खास तौर से रही.
*रउरा साथ अबकी डांसो ग्रुप जा रहल बा, ओकर का तइयारी बा ?
हमारे साथ जवन ग्रुप जा रहल बा ऊ अनुभवी लोग के बा. एह लोग के तइयारी अबकी झूमर, सहाना, सोहर, जाटजटिन गीतन पर बा. बिहार आ उत्तर प्रदेश के संस्कृति अउर भोजपुरी के खुशबू के ध्यान में राखते सगरी तइयारी बा.
* संगीत का माध्यम से भोजपुरी संस्कृति के बचावे बढ़ावे के कोशिश में आप कतना सफलता देखत बानी ?
सौ फीसदी. भोजपुरी खतरा में रहुवे. अब जागरूकता बढ़ल बा. भोजपुरिया लोग प्रयत्नशील बा. हर आदमी के चाहीं कि भोजपुरी के खुशबू सहेज के राखे. जागरूकता बढावे में भोजपुरी वेबसाइटनो के बहुत बड़ योगदान बा.
* भोजपुरी संगीत के क्षेत्र में आप का करल चाहऽतानी ?
अश्लीलता के समूल विनाश, बस. जवना से भोजपुरी संस्कृति का बारे में जवन गलतफमी फइलल बा ऊ खतम होखे आ ओकरा बाद कुछ विकास के बात होखी. धीरे धीरे जागृति आवत बा अब सुननिहारो समुझे लागल बाड़न कि फूहड़ गीतन से हमनी के संस्कृति के छवि ख़राब होला. गायको लोग एह दिशाईं कोशिश कर रहल बाड़े. हम अतने कहब कि कुछ पल के लोकप्रियता खातिर फूहड़ गीत जनि गाईं.
* हमरा तरफ से रउरा के हार्दिक शुभकामना ! आप एही तरह हमेशा भारत आ भोजपुरी खातिर गावत रहीं.
धन्यवाद, धन्यवाद !
Keep it up many many Thanks to you bhojpuria mati ke ho ke aur mahila ho ke atana kuchh bahut badiyan.
Ego bhojpuria mahila hoke eh star pr karyakram kabile tarif ba.
seemaji
subhkamana
bhojpuri ke janda aur bulnd karin.
santosh patel
सीमा तिवारी जी के बहुत -बहुत बधाई .जान के ख़ुशी भइल कि भोजपुरी के मीठा सुर के फुहार बरसावे सीमा जी विदेश जात बाड़ी .आशा बा सुर के यात्रा सफल होई
गीतकार
ओ.पी .अमृतांशु