भोजपुरी हीरो पवन सिंह के मेहरारू फाँसी लगा लिहली

Neelam-Pawan
पिछला साल दिसंबर 2014 में भोजपुरी सिनेमा के बड़का स्टार आ मशहूर भोजपुरी गायक पवन सिंह अपना बड़का भाई के साली नीलम से शादी रचवले रहुवन.

पिछला शनिचर रात नीलम मुंबई के अँधेरी में अपना घर में फाँसी लगा लिहली. बगल के कमरा में नीलम के बड़ बहिन आ पवन सिंह के भऊजाई सूतल रहली.पवन सिंह कवनो काम का सिलसिला में बाहर गइल रहलन. अतवार का भोर में नीलम के लाश पंखा से लटकत देख सभे सन्न रहि गइल. घटना के जानकारी मिलते पवन सिंह लवटलें आ नीलम के अस्पताल ले गइल लोग जहाँ उनुका के मरल घोषित कर दिहलें डाक्टर.

फाँसी लगावे के कवन कारण रहल एकर कवनो तरह के जानकारी सामने नइखे आइल. कहल जाला कि पवन सिंह के ई लव मैरिज रहुवे जवन घर परिवार के रजामंदी से भइल रहुवे. फिल्मी दुनिया के रीति रिवाज का मुताबिक बीच बीच में पवन सिंह के नाम दोसरो हीरोइनन का साथे जोड़ के गासिप फइलत रहल बाकिर कवनो बात अतना गंभीर ना रहुवे. नीलम के कवनो तरह के अवसाद से पीड़ित होखहु के कवनो जानकारी नइखे. स्वाभाविक बा कि पुलिस मामिला के हर कोण से तहकीकात करत बिया.

5 Comments

  1. mithilesh chaurasiya

    bahut dukh ke baat ba …3 mahine me kahe suicide kar leni …

  2. govonda

    Ie bat ke ke sun ke bada ham saban darsk ke dukh ba ekaese bhael ba.

  3. saurabh sawariya

    pawan bhaiya ji aapke bt sunke hamra bada takleef bhail hamke dukh ba

  4. suryajit

    Bhahut dhuk ki baat hai pawn singh ji

  5. राजू बक्सर

    बड बड घर मे अइसन छोट छोट घटना होला