भोजपुर पुलिस चार गो बदमाश गिरफ्तार कइलसि


आरा, 12 अप्रैल (वार्ता). भोजपुर जिला के पुलिस आजु चार गो बदमाशन के हथियार आ कारतूस साथे गिरफ्तार क लिहलसि.
भोजपुर जिला के नवादा इलाका के श्रीटोला गांव में पुलिस छापेमारी कर के चार गो अपराधियन के गिरफ्तार कर लिहलसि. एहनी का लगे से चार लाख रुपिया नगद, एगो पिस्तौल आ कुछ आपत्तिजनक सामान बरामद भइल बा.
ई धराइल अपराधी भोजपुर आ रोहतास जिला वासी हउवें.
पुलिस एहनी से पूछताछ करत बिया.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..