मराठीओ सिनेमा के डांसिंग क्वीन हो गइली सीमा सिंह
-

सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह का नामे एगो अउरी उपलब्धि जुड़ गइल बा भोजपुरी का संगही मराठीओ फिलिमन में अपना डांस के जलवा देखावे के. बंगला सिनेमा वालन के त लट्टू बनाइए दिहले बाड़ी. मराठी के अनेके सुपर हिट फिलिमन, ‘भोले शंकर’, ‘स्वप्न तुझा माझे’, ‘बाप मानुस’, ‘एका लग्नाची गोस्ट’, ‘कालशेकर आहेत का’ में, सीमा सिंह आपन आयटम नम्बर के तड़का दे चुकल बाड़ी आ आवे वाली फिलिमन में ‘स्वर्गा या विजा’, ‘दिध सयाने’, ‘यारपत गांव’ शामिल बाड़ी सँ.

मजे के बात बा कि जवने मराठी फिलिम में सीमा सिंह आपन आयटम नंबर कइली ओकर निर्माता सीमा सिंह के रिपीट जरूर कइलें. चार साल से लगातार अपना आयटम डांस ला अवार्ड जीतत आइल बाड़ी सीमा सिंह.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts