"मर्द तांगेवाला" के म्यूजिक राइट्स एसआरके खरीदलसि

पूर्वा प्रतीक प्रोडक्शन के फिलिम “मर्द तांगेवाला” के म्यूजिक राइट्स म्यूजिक कंपनी एसआरके बहुते ऊँच दाम लगा के खरीद लिहलसि. सूर्या आ जितेन्द्र जैन के बनावल एह फिलिम के संगीतकार आ गीतकार हउवें श्याम देहाती.
(8 Sept 12)
‘मर्द तांगेवाला’ में खलनायक बन के अइहें शमीम खान
फिल्म ‘बवाल करे छेदिया’ से अपना कैरियर क शुरुआत करे वाला शमीम खान फिल्म का रिलीज से पहिहलही ‘दिलजले’ आ ‘गंगा पुत्र’ के आफर मिल गइल. उत्तर प्रदेश के सिद्धार्थनगर, डुमरियागंज निवासी शमीम खान अब फिल्म ‘मर्द तांगेवाला’ में खलनायक बन के आवत बाड़ें. उनुकर भूमिका एगो भठियारा पुलिस अधिकारी नागराज के बा.

संजय दत्त के आपन आदर्श माने वाला शमीम खान फिल्म ‘मर्द तांगेवाला’ के निर्माता सूर्या आ निर्देशक बाली के बहुते तारीफ करेलें. बाली ढेर दिन बाद फेर कवनो फिल्म के निर्देशक बनल बाड़ें, हालांकि बाली अनेके सफल फिल्म अपना निर्देशन में दे चुकल बाड़ें जइसे कि ‘दरोगा बाबू आई लव यू’, ‘देहाती बाबू’, ‘धरती पुत्र’, ‘कहां जइबऽ राजा नजरिया लड़ाई के’, ‘चाचा भतीजा’, ‘घायल योद्धा’ आ ‘मुन्नीबाई नौटंकीवाली’ वगैरह


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)(2 July 12)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।