मर्द नं॰ १ शुक से रिलीज हो रहल बा
-


लमहर इन्तजार का बाद भोजपुरी फिलम् “मर्द नं॰ १” शुक का दिने मुंबई समेत पूरा देश में एके साथ रिलीज हो रहल बा. दर्शकन के एह फिल्म के इंतजार ढेर दिन से रहल बा काहे कि एह में मनोज तिवारी के मर्दाना एक्शन बा जवना के देख के रजनीकांत के एक्शन सीन याद आ जाई. हास्य अभिनेता मनोजो टाइगर आपन भरपूर जलवा देखवले बाड़े एह फिल्म में. फिल्म के नायिका दक्षिण भारत के सेक्सी बाला सायरा बानो बाड़ी. मनोज तिवारी के कहना बा कि अइसन एक्शन इमोशन वाला म्युजिकल फिल्म भोजपुरी में ना देखे के मिलल होखी. कहलन कि ई भोजपुरी सिनेमा में आपन अलगे स्थान राखी. फिल्म के शूटिंग दक्षिण के विशारद तकनीशियन का सहारे दक्षिण भारत में करावल गइल बा. फिल्म के संगीत राजेश रजनीश के बा.


(स्रोत – शशिकांत सिंह, रंजन झा, प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts