मशरख के सगरी के त ना बाकिर एगो बच्चा के परिवार के मिली पांच लाख रुपिया के मुआवजा

सारण जिला के मशरख का धरमसती गाँव के प्राइमरी स्कूल के तेइस गो लड़िका मिड डे मील खा के मर गइले. एह हादसा का बाद सरकार बाइस गो परिवार के दू दू लाख आ एगो परिवार के पाँच लाख रुपिया के मुआवजा दी. एह तरह के फैसला एह चलते भइल बा कि ऊ लड़िका अनुसूचित जाति के रहुवे आ ओह लोग खातिर पाँच लाख रुपिया के मुआवजा देबे के नियम बा. बाकी जाति वालन के दू दूइए लाख पर संतोष करे के पड़ी.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..