महाराजगंज लोकसभा उपचुनाव २ जून के

राजद सांसद उमाशंकर सिंह के निधन का चलते खाली भइल बिहार के महाराजगंज संसदीय सीट पर उपचुनाव २ जून के करावल जाई. एह खातिर ८ मई से १५ मई का बीच परचा दाखिल कइल जा सकी. परचा के जाँच १६ मई के होखी आ १८ मई ले नाम वापिस लिहल जा सकी. ओकरा बाद जरूरी भइल त २ जून के चुनाव आ ५ जून के वोट गिनल जाई.

महाराजगंज संसदीय सीट ला उपचुनाव के अधिका अहमियत एह से ना हो पाई कि लोकसभा के चुनावो कपार पर आ चुकल बा आ जेही जीती ओकरा साल भर भितरे दोसरका हाली चुनाव लड़े पड़ी.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।