महुआ टीवी पर बालाजी टेलीफिल्मस के ‘‘सेनूर माँग टिकुली’’
-

भोजपुरियन के चहेता मनोरंजक चैनल महुआ टी. वी. पर पिछला 18 जुलाई से एगो नया धारावाहिक ‘‘सेनुर मांग टिकुली’’ शुरू भइल बा जवना के निर्माण मशहूर कंपनी बालाजी टेलीफिल्मस् कइले बा. सोमार से शुक ले रोज रात आठ बजे से देखावल जा रहल एह सीरियल में दू गो लड़ीकियन के कहानी बा जवनन के विचार दू तरह के बा. इंदिरा आ शालिनी नाम के एह सहेलियन का नजरिया से बिहार के सभ्यता आ संस्कृति देखावल गइल बा. पटना में जनमल इंदिरा आधुनिक विचारन वाली लड़िकी हई जे विदेश जाइल चाहत बाड़ी. दोसरा तरफ शालिनी बाड़ी से अमेरिका में जनमली, पलइली आ पोसइली. बावजूद एकरा ऊ अपना सभ्यता आ संस्कृति का खोज में भारत आवत बाड़ी. संजोग से एह दुनु के मुलाकात ईश्वर नामके नौजवान से होत बा आ दुनु ओकरे से प्रेम करे लागत बाड़ी. फेर का हो ता, ईश्वर केकरा से प्यार करऽता, इंदिरा आ शालिनी के किस्मत उनुका लोगन के कहाँ ले जात बिया इहे सबकुछ एह धारावाहिक ‘सेनुर मांग टिकुली’ में देखावल जाई.
निर्देशक हउवें वरूण सिंह. इंदिरा का भूमिका में अंकिता दूबे, शालिनी का भूमिका में नैना, आ ईश्वर का भूमिका में प्रिय रंजन बाड़े.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

1 Comment

  1. Salman Guddu

    congratulation 🙂

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts