माइ के गोदी से ओकरा लइका के ले भागल बदमाशन के अभियो ले पता ना चलल

मनियर, बलिया। ब्रम्ह स्थान के नीयरे से माइ के गोदी से ओकरा लइका के ले भागल बदमाशन के अबहियों ले सुराग ना लागल। न्याय खातिर उ दर दर भटकतिया, पुलिस अधीक्षको से कहलसीह बाकी अभियो ले पता ना लागल। बतावल जाता कि दुबहर थाना क्षेत्र के मिल्की निवासी सत्यानन्द मिश्र पिछलका आषाढ़ से अचानक लापता हो गइलन त ओकरी बाद ससुराल वाला उनकरा मेहरारू मंजू मिश्रा के लइकन सहित गर्भवती हालत में घर से बहरा क दीहलन स। उ मनियर में नवका ब्रम्ह बाबा कीहां आके रहे लगुवी आ उहवें जनवरी में पहिली तारीख के एक लइका के जनम दीहली। ओपर बहुते लोगन के निगाह रहल ह कि एक लइकवा के केहू तरे ले लीहल जा बाकी उ माइ देत ना रहलि ह। बुझाता कि एही से लइकवा के लोग राति में छीनि के भाग गइल ह। पुलिस का एके गंभीरता से लेबे के चाहीं आ कारवार्इ करे के चाहीं।

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *