मुंबई के बिहार फाऊंडेशन मनवलसि डॉ राजेंद्र बाबू के 127 वी जयंती

भारत के पहिला राष्ट्रपति देशरत्न डॉ राजेंद्र प्रसाद के 127 वी जयंती का मौका पर बिहार फाऊंडेशन मुंबई का ओर से नवी मुंबई स्पोर्ट्स एशोसियेशन, (वाशी) में एगो सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल. एह मौका पर आइल खास मेहमान का रुप में ठाणे, नवी मुंबई के पालक मंत्री गणेश नाइक डॉ राजेंद्र बाबू के फोटो पर माला पहिरवले आ दिया जरा के कार्यक्रम के शुरूआत कइलन.

अपना संबोधन में गणेश नाइक कहलन कि ” प्राचीन काल से ही बिहार ज्ञानस्थली रही है. उस भूमि ने अनेकों सपूतों को जन्म दिया जिनमे से डॉ राजेंद्र प्रसाद सादगी एवं विद्वता के प्रतीक थे. हम सभी को उनके सदाचार का अनुकरण करना चाहिए”. बिहार फाऊंडेशन मुंबई चैप्टर के चेयरमैन रवि शंकर श्रीवास्तव पुष्पगुच्छ से मंत्री गणेश नाइक के स्वागत कइलन.

कार्यक्रम के मेहमान रहलें कस्टम कमिश्नर फैज़ल अहमद, विज्ञान वर्मा, पी. एन. श्रीवास्तव, अनुपम कुमार सिंह, नवनीत जयपुरियार, एस सी मिश्रा, श्रीनंदन सहाय वगैरह. बिहार फाऊंडेशन मुंबई चैप्टर के उपाध्यक्ष टी. वी. सिन्हा, सचिव अहसान हुसैन, अख्तर राशिद (कस्टम कमिशनर), संयोजक रणवीर, कोषाध्यक्ष निरंजन कुमार, संयुक्त प्रवक्ता मनोज सिंह राजपूत, सदस्य सुखदेव शर्मा, अनवर कमाल का अलावे सैकड़ो गणमान्य लोग मौजूद रहलें. कार्यक्रम के संचालन व्याख्याता शैख़ फ़िरोज़ अहमद आ अनूप कुमार सिंह कइलन.

देशरत्न डॉ राजेंद्र प्रसाद के जनम 3 दिसम्बर 1884 का दिने बिहार का सिवान जिला के जीरादेई में भइल रहे. राजेन्द्र बाबू भारत के आजादी का बाद पहिलका राष्ट्रपति बनलल आ बारह साल ले राष्ट्रपति रहलन.


(स्रोत – मनोज सिंह राजपूत, संयुक्त प्रवक्ता, बिहार फाऊण्डेशन, मुंबई)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।