’मेरे साजन तेरे कारण’ के पहिला झलक जारी भइल

MereSajanTereKaranआनंद मीडिया इन्टरटेनमेंट के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ’मेरे साजन तेरे कारण’ के पहिला झलक पिछला दिने जारी कर दिहल गइल. प्रेम त्याग पर बनल एह फिलिम के निर्देशक हउवें राजीव राय. फिलिम के पूरा शूटिंग उत्तर प्रदेश के गोंडा आ फैजाबाद जिला में भइल बा. एहमें कुल आठ गो गाना बा आ आठो सुने में मीठ आ मनोरंजन से भरपूर बाड़ी सँ.

निर्देशक राजीव राय, संगीत के.रत्नेश, छायाकंन पवन गुप्ता, फाईट सिंह इज किंग, नृत्य केदार सुब्बा, आ एडीटर विनोद हउवें.

मुख्य कलाकारन में अपूर्वा, रवि राज, अवधेश मिश्रा, मनोज टाइगर, गोपाल राय, पूनम सिंह, अनूप अरोरा, अनामीका पाण्डेय, देव सिंह, अनुराग, महेश, लाखन अउर अनूप शामिल बाड़ें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment