मेला देखे गइल नवही के गरदन रेत के मार डालल गइल
-

सारण जिला के रिविलगंज इलाका के औली गाछी गाँव के एगो पचीस बरीस के नवही बबलू राय के पिछला नवमी के रात्रि गरदन रेत के मुआ दीहल गइल. ई अपराध करिंगा मठिया गांव का लगे भइल आ कुछ बदमाश एह वारदात के अंजाम दिहलें बाकिर ओहनी के पहचान पता नइखे चलल. घटना के जानकारी मिलला का बाद लोग सड़क जाम कर दीहल जवना के बहुते मुश्किल से समुझा बुझा के पुलिस कप्तान सत्यवीर सिंह हटवलन.
बबलू राय छपरा में भगवान बाजार इलाका के मालखाना चौक पर नर्सिंग होम चलावत रहले. पुलिस एह हत्या के पीछे के कारण पता लगावे में जुटल बिया आ जानल चाहत बिया कि नर्सिंग होम में बबलू के पार्टनर पप्पू आ टुनटुन से संबंध कइसन रहल. हो सकेला कि एही लोग के आपसी झगड़ा में हत्या कइल गइल होखे. एगो दोसर संभावना इहो बा कि कवनो इश्कबाजी के मामला होखो.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts