महागठबन्हन के झूठ के काट करे मैदान में उतरल संघ
-

आरक्षण पर सरसंघचालक मोहनजी भागवत के बयान ले के झूठ के जाल पसारत महागठबन्हन का खिलाफ संघ सीधे जनता से रुबरु होखे आ साँच बतावे के फैसला कइले बावे. एकरा खातिर संघ के स्वयंसेवक गाँवे गाँव जा के लोग के असल बात बतावत बाड़ें. सरसंघचालक आरक्षण खतम करे के बात कबो ना कहलन बाकिर महागठबन्हन के नेता झूठ बोल बोल के जनता के भरमावे में लागल बाड़ें. संघ के एह झूठ के काट कइला के असर पड़े लागल बा आ लोग महागठबन्हन के जातिवादी नेतवन के असलियत समुझे लागल बाड़ें. चारा घोटाला में जेल के सजा पा चुकल बाकिर जमानत पर छूटल लालू प्रसाद एह तरह से घूमत बाड़न जइसे उनका चारा घोटाला से मुक्ति मिल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts