बाइक गुमटी से टकराइल आ चलावे वाला के मौत
-

पंचदेवरी जमुनहां पथ पर सिधरिया पुल का नियरा एगो बाइक बगल के गुमटी से जा के टकरा गइल आ बाइक चलावे वाला 22 बरीस के नवही रामजीत राम के ठाँवे पर मौत हो गइल. रामजीत राम यूपी के कुशीनगर जिला के डीबनी गांव के रहुवे आ बुध का दिने कवनो काम से पंचदेवरी बाजार आइल रहुवे. बाइक पर पीछे बइठल प्रवेश राम के गंभीर हाल में अस्पताल में भरती करावल गइल बा आ लाश के पोस्टमार्टम खातिर भेज दीहल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..