मोटरसाइकिल सवार के मौत

बक्सर नवानगर में परमानपुर पेट्रोल पंप का लगे काल्हु बियफे का दिने एगो मोटर साइकिल आ टैंकर में टक्कर हो गइल जवना से एगो बाइक सवार के ओहिजे मौत हो गइल आ दुसरका घवाहिल हो गइल. टैंकर के पुलिस जब्त कर लिहले बिया बाकिर ओकर ड्राइवर आ खलासी भाग निकललें. मृतक नौजवान रोहतास जिला के काराकाट थाना के मोहनपुर गाँव के राजकुमार सिंह रहुवे जे आरा से लवटर रहल. साथ में भोजपुर तीयर के तड़किया गाँव के मुकुल सिहं रहले जे घवाहिल हो गइले.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..