यूपी के कर्मचारियन के मिलल तीस दिन के बोनस

Bonus for govt.employees
CM Mayavati has announced bonus for govt. employees equal to 30 days pay. This bonus will be paid to all those employees who are in the new pay scale of Rs.4800/- p.m. and even those who are casual or daily wage earner employees of the govt with certain conditions. Fifty percent will be paid cash and other fifty percent will go into providend fund account or as NSC.

काल्हु यूपी के मुख्यमंत्री मायावती एलान कइली कि राज्य सरकार अपना कर्मचारियन के वित्त वर्ष २००९-१० खातिर तीस दिन के तनखाह के बरोबर के बोनस दीहि. वित्त विभाग एकर शासनादेशो जारी कर दिहले बा. अउरी इहो कहल गइल बा कि नयका वेतनमान में चार हजार आठ सौ रुपया महीना तक पावे वाला लोग एकर हकदार होखी. कैजुअल भा दैनिक वेतन पर काम करे वाला यदि तीन साल से बेसी से काम करत बा आ हर साल कम से कम २४० दिन काम कइले बा त ओकरो के बोनस दिहल जाई.

लोचा बस अतने के लगा दिहल गइल बा कि एहमें से आधा भविष्यनिधि में डाल दिहल जाई आ अधवे के नकद भुगतान कइल जाई. जवन लोग भविष्यनिधि के सदस्य नइखे ओकरा के ओतना धनराशि के राष्ट्रीय बचत पत्र दिहल जाई.

0 Comments