यूपी में खेसारीलाल के धूम मचल बा

भोजपुरी के नया-नवेला सुपरस्टार खेसारीलाल यादव के आजुकाल्हु पूरा यूपी में धूम मचल बा. खेसारी के ‘जान तेरे नाम’ बिहार में पचसवाँ दिन मनवला क बाद अब यूपी में ऐतिहासिक कलेक्शन बटोरत बिया. यूपी. के गोरखपुर के साथ आधा दर्जन सिनेमाघरन में पहिले के सगरी रिकार्ड ध्वस्त करत एह फिल्म के शानदार कलेक्शन मिलल बा. ई फिल्म पिछला दू साल के ओपनिंग रिकॉर्ड तूड़ले बिया.

निर्माता-निर्देशक रमाकांत प्रसाद हउवें. फिल्म के सफलता से उत्साहित खेसारी के कहना बा कि ऊ हमेशा दर्शकन के पसंद के खयाल रखीहें.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *