रंगबाज राजा के संगीतमय शुरुआत
-

पिछला दिने स्नेह इंटरटेनमेंट का बैनर तले मुंबई का स्वरलता स्टूडियो में भोजपुरी फिल्म “रंगबाज राजा” के संगीतमय शुरुआत कइल गइल. नारियल पायलट बाबा फोड़लें आ विधिवत शुरुआत करवलें.

एह फिल्म के बनावे जात बाड़े राजकुमार अहलावत आ निर्देशन करीहें अरविंद चौबे, जे एकरा पहिले ओढ़निया कमाल करे के निर्देशित कर चुकल बाड़न.

“रंगबाज राजा” के कलाकारन में पवन सिंह, उर्वशी चौधरी, बृ्जेश त्रिपाठी, जय सिंह, गोपाल राय, आ आनन्द मोहन मुख्य भूमिका में रहीहें. कहानी संतोष मिश्रा के, गीत विनय बिहारी, आर आर पंकज, आ प्यारेलाल यादव के, संगीत मधुकर आनन्द के, छायाकारी जावेद एहतशाम के, संपादन जीतेन्द्र सिंह जीतू के रही. कार्यकारी निर्माता रहीहें भूपेश्वर त्यागी.

बतावल जात बा कि एह फिल्म में पवन सिंह गरीबन के मसीहा का रुप में आ अमीरन खातिर रंगबाज का रुप में सामने अइहें. फिल्म एही महीना फ्लोर पर जाये वाली बा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts