बिआह क लिहलन प्रवेशलाल आ शुभी शर्मा


भोजपुरिया दिल के धड़कन प्रवेश लाल यादव जूनियर निरहुआ पिछला दिने हिंदू रीति रिवाज से यंग अदाकारा शुभी शर्मा से बिआह कर लिहलन. पहिले दुनु जने एक दोसरा का गला में जयमाला डललन आ फेर अग्नि के सात फेरा लेत सात वचन का साथे एक दोसरा के हो गइल लोग.

एह दौरान आशीर्वाद देबे खातिर प्रवेश लाल के बड़ भाई दिनेश लाल यादव निरहुआ, अदाकारा पाखी हेगडे, विराज भट्ट, रिंकू घोष, स्वाति वर्मा, मनोज टाइगर, अवधेश मिश्रा, निर्माता दुर्गा प्रसाद मजुमदार, निर्देशक राजकुमार पाण्डे समेत फिल्म इंडस्ट्री से जुड़ल करीब दू सौ लोग मौजूद रहल.

दुनु जने बहुते दिन से एक दूसरा के करीब रहल आ कालेज के पढ़ाईए का समय से दुनु में प्यार रहल. विवाह के सगरी कार्यक्रम गुजरात के राजपिपला में एगो महल में संपन्न भइल. अलग बाति बा कि सब कुछ आदि शक्ति इंटरटेनमेंट का बैनर में बनत भोजपुरी फिल्म “दुश्मन” के शूटिग खातिर फिल्मावल गइल.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..