रवि किशन अभिनीत “छपरा के प्रेम कहानी” 5 सितंबर से
-

RaviKishna-neta
अब ले रउरा सभे अनेके तरह के प्रेम कहानी देखले होखब बाकिर सुपरस्टार रवि किशन एगो अइसन प्रेम कहानी ले के परदा पर नजर अइहें कि रउरा ला प्रेम के मतलबे बदल जाई. अबले के फिलिमन में देखत आइल बानी जा कि हीरो हीरोइन प्रेम करेले आ फिलिम के आखिर में एक दोसरा के पा लेलें. बाकिर ‘छपरा के प्रेम कहानी’ में कुछ दोसरे देखे के मिले वाला बा. एकरा के देख के रउरा सभे ला प्यार शब्द के माने बदल जाई.

एह घरी रवि किशन के पाँच छह गो फिलिम रिलीज ला तइयार बाड़ी सँ बाकिर ई फिलिम ओहनी में सबले खास बिया काहे कि एकरा के खाँटी भोजपुरियन ला बनावल गइल बा.

निर्माता राजेश कुमार जायसवाल, गीतकार संगीतकार ओंकार जी, कथा-पटकथा-गीत लेखक एस॰ के॰ चौहान, आ फाइट मास्टर रमाकांत मिश्रा हउवे.

आर.के सिल्वर क्रिएशन्स आ एन्जेल एंटरटेनमेंट फिल्म्स के एह पेशकश में रवि किशन आ मधु शर्मा मुख्य किरदार में बाड़े. साथे बाड़े राजन मोदी, बृजेश त्रिपाठी, अपूर्व रतन, मेहनाज अउर सीमा सिंह.

फिलिम 5 सितंबर के रिलीज़ होखेवाली बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts