रसरी जर गइल बा अईंठन बाकी बा
-

बिहार राजद के विधायक सुरेन्द्र प्रसाद यादव के सुरक्षा गार्ड काल्हु अतवार के देर रात गया मेडिकल कॉलेज में जूनियर डाक्टरन पर गोली चला दिहले जवना से दू गो जूनियर डाक्टर घवाहिल हो गइले. एह घटना के विरोध में बिहार में जूनियर डाक्टर हड़ताल पर चल गइल बाड़े आ विधायक के गिरफ्तारी के माँग हो रहल बा. पुलिस दुनु सुरक्षा गार्ड के गिरफ्तार कर लिहले बिया आ दुनु के निलम्बितो कर दिहल गइल बा बाकिर डाक्टर एहसे संतुष्ट नइखन. डाक्टरन के हड़ताल से बिहार के मेडिकल कालेजन में चिकित्सा कार्य ठप्प हो गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts