नयी दिल्ली .31 अक्टूबर (वार्ता) केद्र के गठबंधन सरकार मे शामिल राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी दिल्ली विधान सभा के सगरी 70 सीट पर अकेले चुनाव लडे के तय कइले बिया.
राकांपा के दिल्ली इकाई के अध्यक्ष कुंवर प्रताप सिंह एह बात के एलान करत कहले बाड़न कि दिवाली बाद उम्मीदवारन के नाम के एलान हो जाई. पिछला बेर राकांपा 15 सीट प चुनाव लडल रहे. दू सीट पर बढ़िया वोट बिटोरला का बावजूद केहू जीतल ना रहे.
0 Comments