कांग्रेस और भाजपा में टिकट लेके गुटबाजी चरम पर
-

जयपुर 31 अक्टूबर (वार्ता) राजस्थान में एक दिसंबर के होखे वाला विधानसभा चुनाव में टिकट खातिर कांग्रेस आ भाजपा में जम के गुटबाजी चलला का चलते उम्मीदवार तय नइखन हो पावत.

आज होखे वाला भाजपा के केन्द्रीय चुनाव समिति के बइठक टार दीहल गइल. कांग्रेसो के छानबीन समिति के आज दिल्ली में होखे वाली बइठक में फेरू से माथापच्ची होखी.

बतावल जात बा कि दुनु गोल पूरा दू सौ सीट पर आपन उम्मीदवार तय नइखन कर पवले आ मौजूदा विधायकनो के लेके एक राय नइखे बन पावत. भाजपा में हालांकि मौजूदा विधायकन का बारे में अधिका मतभेद नइखे आ दस बारह के छोड़ बाकी सबके फेर टिकट मिल सकेला. पिछला बेर मौजूदा विधायकन के टिकट ना दीहला से भइल नुकसान भाजपा भुलाइल नइखे.

कांग्रेस में सत्ता विरोधी लहर कम करे ला मंत्री आ विधायकन के छंटनी के मानस बनत बा. बाकिर विधायक दबाव बनावल शुरू क दिहले बाड़े. विधायक लोग के टिकट कटला के उमेद में अनेके लोग दावेदार बन गइल बा ओहू से टकराव बढ़ल बा. टिकट पर अंतिम फैसला ना भइला से अबहीं त शान्ति बा बाकिर जसहीं एलान होखी जूतमपैजार शुरु हो सकेला.

दुनु दल टिकट तय करे का हड़बड़ी में नइखन. चाहत बा लोग कि पहिले दोसरका दल के उम्मीदवार घोषित हो जाव.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts