रानी चटर्जी के रंगबाजी देख फाइटर भाग खड़ा भइले

फिल्म “रंगबाज” का शूटिंग का दौरान एगो सीन में रानी चटर्जी के हाथ में एगो घइला दिहल गइल रहे जवना के एगो फाइटर का कपार पर फोड़े के रहल. अब रानी का हाथ में घइला देखते फाइटर भाग पराइल. शूटिंग गुजरात के राजपिपला में होत रहे. सीन रहे कि गुण्डा के सरदार रानी चटर्जी से जबरिया बिआह करत बा आ नायक हैदर काजमी आ के रानी के छोड़ावत बाड़े. ओही फाइट का दौरान रानी एगो मटका ले के एगो गुण्डा के कपारे पर दे मारत बाड़ी आ मटका फूट जात बा. एह सीन के करे से दर्जन भर फाइटर मना कर दिहले. आखिर में एगो फाइटर तइयार भइल त एह शर्त पर रिहर्सल ना होखी आ रिटेक ना होई. आ साचहू सीन एके बार में ओके हो गइल. फिल्म के निर्देशन शिवराम यादव करत बाड़े.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..