रितु का प्यार में पड़ल रत्नेश
-

छोट कद के रत्नेश बरनवाल कमे समय में भोजपुरी सिनेमा में आपन दमदार मौजूदगी दर्ज करा लिहले बाड़न. लगभग एक दर्जन फिल्मन में काम कर चुकल रत्नेश आजुकाल्हु रितु पाण्डेय का प्यार का गिरफ्त में पड़ गइल बाड़न. आ एह प्यार में बाधा बनल बाड़े प्रकाश जैस जे खुद रितु से प्यार करत बाड़े. अब ई मामिला फिल्मी लागते नइखे, पूरा तरह से फिल्मिये बा. निर्देशक फिरोज खान आ निर्माता रजनीश गुप्ता के फिल्म “फौलाद” में ई नजारा परदा पर आवे वाला बा. रत्नेश के कहना बा कि फिल्म में उनुकर भूमिका बहुते दमदार बा आ दर्शक उनका अभिनय पर ताली बजावे के मजबू रहो जइहे.

फिल्म के मुख्य सितारा में सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन, सुशील सिंह, अवधेश मिश्रा, ब्रजेश त्रिपाठी, आ नवोदित तारिका अंजना सिंह के नाम शामिल बा. एह कलाकारन का बीच प्रकाश जैस, रितु पाण्डेय, आ रत्नेश बरनवाल के प्रेम त्रिकोण रोमांस आ कामेडी से भरपूर बा.
फिल्म के आजुकाल्ह पोस्ट प्रोडक्शन चलत बा.


(स्रोत – उदय भगत)

1 Comment

  1. anand dev

    jioho bhai

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts