भारी बरखा आ बाढ़ का चलते यूपी में सतहत्तर आदमी के मौत

लखनऊ, 19 अगस्त (आईएएनएस). उत्तर प्रदेश के राहत आयुक्त के. के. सिन्हा बतवले कि एह साल जुलाई से अब ले भारी बरखा आ बाढ़ से मकान-दीवार ढहला, पेड़ गिरला समेत बरखा से जुड़ल दोसरो हादसा में 77 लोग के मौत हो चुकल बा.

ऊ बतवले कि एह मानसून में राज्य के 72 में से 46 जिला में औसत से बेसी बरखा भइल बा. राज्य के 14 जिला घाघरा, शारदा आ दोसरा बड़की नदियन के बाढ़ से प्रभावित भइल बा.

राज्य के 300 से बेसी गांवन के करीब तीन लाख आबादी बाढ़ से प्रभावित भइल बा आ बड़हन मात्रा में खरीफ के फसल बरबाद भइल बा.
(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *