लड़िका सयान हो गइल

पिछला छह साल से अँजोरिया का अँचरा में पलाइल पोसाइल टटका खबर अब एह लायक हो गइल बा कि ओकरा के अलगा छोड़ दिहल गइल बा दुनिया देखे खातिर.

अब अँजोरिया पर टटका खबर के प्रकाशन प्रायोगिक रुप से रोक दिहल गइल बा. टटकाखबर डॉट कॉम एह बीचे कइसन करत बा ई देखला का बाद कवनो फैसला कइल जाई.

टटका खबर के शीर्षक अंगरेजी में रही आ संक्षेप में खबरो अंगरेजी में दिहल जाई. एकर मकसद ई देखल बा कि सर्च इंजन ओकरा के कतना जीवन देत बाड़े आ विज्ञापन देबे वाला ओकरा के पसन्द करत बाड़न कि ना.

1 Comment

  1. Santosh Patel

    Anjoria team ke hardik subhkamana
    raura din duna raat chauguna tarraki karat rahi.
    bhojpuri mai ke sewa me lagal anjoria team, auri okar seyan, jawan “Tatkakhabr” ke subhkaman ba.bhaojpui ksheta ke visak me ee apan sarthak upsthiti darj karawe.
    santosh patel