लड्डन मियां नार्को टेस्ट करावे ला तइयार नइखे

LaddanMian
कुछ दिन पहिले सिवान के पत्रकार राजदेव रंजन के हत्या का केस में सरगना बतावल जात लड्डन मियां के आजु शुक का दिने सिवान सीजेएम कोर्ट में पेश कइल गइल. ओकरा से नार्को टेस्ट करावे का बारे में पूछाइल कि एहपर ओकर का मन बा त ऊ नार्को टेस्ट करावे से साफे मना क दिहलसि.

जोन जाईं कि पुलिस ओकरा के तीन दिन के रिमाण्ड पर लिहला रहुवे बाकिर ऊ राजदेव हत्याकाण्ड का बारे में चुप्पी सधल् रहि गइल. त पुलिस ओकर नार्को टेस्ट करावे के इजाजत मंगले रहुवे अदालत से. आ एही खातिर ओकरा के आजु पेश कइल गइल रहुवे.

0 Comments

Submit a Comment