लागल नथुनिया के धक्का के गाना रिकार्ड
-

शाह एण्ड वर्मा क्रिएशन के बैनर में बने जा रहल लागल नथुनिया के धक्का के गाना के रिकार्डिंग पिछला दिने मुंबई के एम फार यू रिकार्डिंग स्टुडियो में करावल गइल. विनय बिहारी आ वीरेन्द्र कुमार पाण्डे के लिखल गाना के पवन सिंह, कल्पना, इंदू सोनाली, आ राजा हसन का आवाज में रिकार्ड करावल गइल. संगीतकार हउवें मधुकर आनन्द.

Kalpana and others on song recording of Lagal Nathuniya Ke Dhakka

रमेश बाई शाह के प्रस्तुति एह फिल्म के निर्माण चन्द्रा बी वर्मा आ रोहन आर शाह मिल के कर रहल बाड़े. निर्देशक बाड़े सुनील सिन्हा आ कार्यकारी निर्माता राजेश कुमार. फिल्म के कलाकारन में भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह, आरती पुरी, अवधेश मिश्रा, आनन्द मोहन, आ के के गोस्वामी शामिल बाड़े.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts