देवरिया के फुलवरिया लार रोड पर सोमार का दिने एगो स्कूली टेंपो पलटला का चलते ओह पर सवार एगो सात साल के लइकी सोमार का दिने मर गइल आ ओकर भाई घवाहिल हो के अस्पताल में भरती करावे के पड़ल बा जहाँ ओकर हालत बहुते खराब बतावल जात बा. दुर्घटना के खबर सुनते विद्यालय के प्रबंधक आ प्रधानाध्यापक फरार हो गइलें. पुलिस टेंपो ड्राइवर के पकड़ लिहले बिया आ टेंपो जब्त कर लिहल गइल बा.
0 Comments