लालू का गोदी में बइठत नीतीश के लाजो ना लागल, कहलन अमित शाह

अमित शाह के भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष बनावे के सशसदीय बोर्ड के फैसला के आजु भाजपा के नेशनल काउन्सिलो से मंजूरी मिल गइल. एह मौका पर सभा के संबोधित करत अमित शाह कहलन कि लालू के जंगल राज का खिलाफ भाजपा संगे मिल के नीतीश बरीसन बिहार के सरकार चलवन. बाकिर अब अपना गद्दी के लालच में ओही लालू यादव का गोदी में बइटत उनुका तनिको लाज ना लागल.
अमित शाह के एह बयान पर लालू कहलन कि एक जमाना में नीतीश कुमार के गोड़पड़िया करे वाला अमित शाह आजु उनुका खिलाफ बोलतारें. एही से लागत बा कि उनुका बिहार में अपना हार के अनेसा हो गइल बा. लालू कहलन कि अमित हमनी के चिंता मत करसु काहे कि अबकी हमनी का बिहर से भाजपा के सफाया कर देब जा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *