लोकसभा २०१४ के तइयारी में आपन आपन गोटी बइठावे लागल कांग्रेस आ भाजपा

एक दिन पहिले गुजरात के मुख्यमंत्री के करीबी अमित शाह के भाजपा उत्तर प्रदेश के प्रभारी बना दिहलसि. अमित शाह गुजरात चुनाव के शानदार प्रबन्धन कर चुकल बाड़न आ अब उनुका के उत्तर प्रदेश भाजपा जइसन अझुराइल संगठन के सझुरावे के जिम्मेदारी दिहल गइल बा. काल्हु कांग्रेस अपना ३१ गो जिलाध्यक्षन के बदल दिहलसि आ आठ गो जोनल प्रभारियन के हटा के नया लोग के प्रभार दे दिहलसि.
जवना लोगन के हटावल गइल बा ओह में आरपीएन सिंह, जितिन प्रसाद, राशिद मसूद, पीएल पुनिया वगैरह शामिल बाड़े.
पिछला दिने एबीपी नेल्सन सर्वे में यूपी में २३ गो सीट का साथे भाजपा के दोसरका जगह पर राखल गइल बा. सपा के २४ गो आ बसपा के २१ गो सीट मिले के संभावना जतावल गइल बा एह सर्वे में. कांग्रेस खातिर छह सीट के आकलन कइले बावे ई सर्वे.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..