लोग के मालूम रहे के चाहीं बिजली आए जाए क समय

उ॰प्र॰ के मुख्य मंत्री अखिलेश यादव पावर कार्पोरेशन के अधिकारियन से कहलन कि गँवई इलाकन में बिजली आए जाए के समय लोग के पहिले से मालूम होखे के चाहीं जेहसे ऊ लोग खेती से जुड़ल काम, सिंचाई, थ्रेसिंग, वगैरह के योजना बना सको. कहलन कि घरेलू आ खेती के काम खातिर बिजली के लाइन अलग अलग कर दिहल जाव जेहसे खेती खातिर अधिका बिजली दिहल जा सको. मुख्यमंत्री आजु अधिकारियन साथे बइठक कइले रहलन.

0 Comments

Submit a Comment