वकील पर मुकदमा भइला का बाद देवरिया के अदालतन मे हडताल
-

देवरिया मे दीवानी कचहरी के एगो वकील सुभाष यादव का खिलाफ पट्टीदारी का झगड़ा का चलते छेड़खानी के मकदमा दर्ज करा दिहल गइल बा. एह बात के खिलाफ आजु देवरिया के वकील हडताल कर के न्यायिक काम ठप कर दिहले.
दीवानी अधिवक्ता संघ के अध्यक्ष शेषनाथ तिवारी के कहना बा कि मुकदमा राजनीतिक रसूख का चलते दर्ज भइल बा. वकील लोग एहमुकदमा के तुरते रद्द करे के माँग कइले बा ना त आरपार के लड़ाई करे के धमकी दिहले बा लोग.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts