वाराणसी मे तीन गो शव बरामद भइल

बियफे का दिने वाराणसी में अलग अलग जगहा से पुलिस तीन गो लाश बरामद कइलसि.

शिवपुर इलाका के बनियापुर गांव मे बुध का रात कुछ लोग घर का बहरी सुतल पैंसठ साल के छोटेंलाल पटेल के गोली मारके हत्या कर दिहल. बियफे का दिने लाश बरामद कर के पुलिस दू आदमी के गिरफ्तार कइले बिया.

मिर्जामुराद इलाका के गौर गांव मे पन्द्रह साल के विवेक राजभर के लाश ओकरा पडोसी का घरे मिलल. विवेक के परिजन ओह पडोसी पर हत्या के आरोप लगवले बाड़े जबकि पडोसी मेवालाल के कहना बा कि ऊ फांसी लगवले बा.

शिवपुर इलाके के गिलट बाजार के एगो मकान से सताइस साल के नवही आलोक.के लाश मिलल. आलोक किराया के मकान मे रहत रहे आ दोसरा जाति में शादी कइले रहुवे.

पुलिस तीनो लाश के पोस्टमार्टम ला भेज दिहले बिया.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..