विद्यार्थियन के लैपटॉप भा टैबलेट देबे वाला योजना में फेर बदल

चुनाव जीते खातिर बहुते तरह के वादा कर चुकल सपा के सरकार बनते समुझ में आवे लागल बा कि भाषन देबे आ राशन बाँटे में का फरक होला. से पहिले बेरोजगारी भत्ता योजना में फेर बदल कर दिहल गइल आ अब लैपटॉप टैबलेट बाँटे के योजना में तरह तरह के तरीका अपनावल जात बा. अब पहिले कुछ चुनल गाँव, कवना आधार पर से अबहीं साफ नइखे, के विद्यार्थियन के लैपटॉप बाँटल जाई तब दोसरा के. आ ओहु में पहिले सरकारी इंटर कॉलेज तब सहायता प्राप्त कॉलेज, पहिले मदरसा तब संस्कृत विद्यालय के विद्यार्थियन के दिहल जाई.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..