विनय आनंद आ अंजना सिंह के जोड़ी पहिला बेर

VinayAnand-AnjanaSinghसिनेमा भोजपुरी के सुपर स्टार विनय आनंद आ अंजना सिंह के हॉट जोड़ी पहिला बेर भोजपुरी फिलिम ‘बिहारी रिक्शावाला’ में नजर आई. एह फिलिम में एह जोड़ी के अलावे नंबर वन खलनायक संजय पांडे के भूमिको खास बा. विनय आ अंजना के तरोताजा जोड़ी ले के आइल बाड़े ‘बिहारी रिक्शावाला’ के निर्माता अंशुल गुप्ता आ निर्देशक हैं अविनाश त्रिपाठी.

बैनर कबीर फिल्म्स इंटरटेनमेंट के ह, कहानी सतेन्द्र गुप्ता आ अविनाश त्रिपाठी के लिखल, आ कैमरामैन हउवें प्रमोद पांडे. एह फिलिम में विनय आनंद, अंजना सिंह, मनोज टाईगर, आनंद मोहन, किरण यादव, सतेन्द्र गुप्ता, श्रद्धा नवल, नेहा मेहता, श्रुति दुबे आ संजय पांडे के मुख्य भूमिका बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा, तथा अरुण)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *