‘वीर बलवान’ शानदार व्यवसाय संगे रिलीज भइल

VeerBalwan-posterपिछलका हफ्ता रिलीज भइल हिना इंक के भोजपुरी फिलिम ‘वीर बलवान’ पूरा बिहार में शानदार व्यवसाय करत बिया. निर्माता बाबू त्यागी आ निर्देशक राजू के ई फिलिम पहिलका हफ्ता में बिहार के पचास गो सिनेमाघरन से 30 लाख रूपिया के नेट बिजनेस बिटोरले बिया. अनेके सिनेमाघर में ई फिलिम दुसरका हफ्ता में चलत बिया.

विनय बिहारी के गीत संगीत से सजल एह फिलिम में पवन सिंह, शुभी शर्मा, ब्रजेश त्रिपाठी आ मनोज टाईगर के खास भूमिका बा.


(प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *