वैजयन्ती माला के किरदार में रवि किशन
-

सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार महाअभिनेता रवि किशन लड़िकाईं में अपना गाँवे रामलीला में सीता मईया बनल करसु. अब बरीसन बाद फेर उनुका महिला किरदार करे के मौका मिलल कलर्स टीवी के शो “झलक दिखला जा” में.

रवि किशन के कहना बा कि “झलक दिखला जा” उनुका ला डांसिंग स्कूल बन गइल बा आ डांस के सही मतलब एहिजे आ के सीखले बाड़न. कहलन कि एह हफ्ता के थीम बहुते चुनौती वाला रहुवे काहे कि उनुका छोटका परदा पर वैजयन्ती माला के किरदार करे के रहल. बहते मेहनत आ कोरियोग्राफर कुंजन का मदद से रवि किशन एह काम के बखूबी अंजाम दिहलें. आ जवन गाना के थीम पर ऊ आपन डाँस दिखवलें ऊ गाना रहल ज्वेलथीफ फिल्म के “होठो पर ऐसी बात मैं दबा के चली आई”.

रवि किशन कहलें कि वैजयन्ती माला कमाल के डांसर रहनी आ उहाँ के ओह डांस से गाना में जान डाल दिहले रहीं, उनुकर देखादेखी कइल एगो सुखद एहसास दिहलसि.

रवि किशन के परफोर्म कइला पर जज करण जौहर, माधुरी दीक्षित आ रेमो डिसूजा सभे रविकिशन के तारीफ कइल.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts