शहीद सुधाकर यादव का घरे अइलन अखिलेश यादव

उत्तराखंड के तबाही का बाद श्रद्धालुअन के निकाले में लागल एगो हेलीकॉप्टर दुर्घटना ग्रस्त हो गइल रहे. एह हेलीकाप्टर पर वायुसेना के जवान सुधाकर यादव शहीद हो गइल रहलें. आजु यूपी के मुख्यमंत्री शहीद सुधाकर का गाँवे, संतकबीरनगर जनपद के अशरफाबाद गांव, चहुँपलन आ शहीद के पत्नी आ पिता के दस दस लाख रुपिया के चेक सँउपलन. परिवार के ढाढ़स बन्हावत मुख्यमंत्री भरोसा दिहलन कि संकट के एह घड़ी में राज्य सरकार ओह लोग क साथे बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..