शाहिद शम्स आ अंजना सिंह के जोड़ी ’प्यार मोहब्बत ज़िंदाबाद’ में

AnjanaSingh-ShaheedShamsसिनेमा भोजपुरी के गायक आ अब नायको शाहिद शम्स के अंजना सिंह के जोड़ी में ’प्यार मोहब्बत ज़िंदाबाद’ में पहिला बेर बड़का परदा पर अभिनय करत देखल जाई. अनेके भाजपुरी फिलिमन के गीतकार रहल विनय बिहारी एह फिलिम के निर्माता, निर्देशक, लेखक, गीतकार, आ संगीतकार बाड़ें. फिलिम प्रस्तुत करीहें आदि शक्ति एंटरटेनमेंट के दुर्गा प्रसाद.

बाबा वैद्यनाथ फिल्मस् के बैनर में बनत एह फिलिम में पाखी हेगड़े नायिका आ पवन सिंह नायक बाड़ें. दोसरकी खास जोड़ी बा शाहिद शम्स आ अंजना सिहं के. बाकी कलाकारन में अविनाश शाही, सुशील सिंह, अनंत सिंह, विनय बिहारी, सीमा सिंह, आनंद मोहन आ राजन यादव वगैरह खास बाड़ें.

शाहिद शम्स एह फिलिम का बारे में बतवले कि एह फिलिम में पहिला बेर बिहार के पन्द्रह गो नेता नजर अइहें आ फिलिम के पूरा परिवार एक साथे बइठल देख सकेला. एकर एगो अउर खासियत बा कुल्लू-मनाली, आगरा आ दिल्ली के मनमोहक लोकेशन पर भइल शूटिंग बा.


(संजय भूषण पटियाला)
शहीद शम्स

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *